Subscribe Us

मुंबई से फरार प्रेमी-प्रेमिका नेपाल बॉर्डर पर अरेस्ट

 मुंबई से फरार प्रेमी-प्रेमिका नेपाल बॉर्डर पर अरेस्ट



जिले के बैरगनिया में भारत-नेपाल सीमा पर एक प्रेमी-प्रेमिका के हिरासत मे ले लिहल गइल बा। हिरासत में लिहल गइल प्रेमी-प्रेमिका से एसएसबी के इंस्पेक्टर संतोष कुमार सिंह पूछताछ कइले हॉ।



पूछताछ में पता चलल हा कि पूर्वी चंपारण जिले के ढाका थाना क्षेत्र अंतर्गत गढ़रहीया गांव के निवासी मो शमसुल मुंबई में रहके नौकरी करत रहले हा । ओहिजे घाटकोपर कामराज नगर के रहे वाली एक 16 वर्षीय नाबालिग लड़की से प्रेम करत रहलें हा। 15 दिन पहले ही दुनु लोग मुंबई छोड़कर बिहार गइल रहल हा लो । वहा से नेपाल के रास्ते काठमांडु जात रहले , तबही सीमा पर तैनात एसएसबी के 20वीं बटालियन के जवानों के शक लागल त रोक के पूछताछ कइले लो ।


एसएसबी के पूछताछ के बाद हिरासत में लिहल प्रेमी-प्रेमिका को बैरगनिया थाना पुलिस के सौंप दिहल लो। बैरगनिया थानाध्यक्ष रणवीर कुमार झा बताइले कि हिरासत में लिहल गइल युवक के सीडब्ल्यूसी के तहत न्यायालय में पेश कइल जाई। वहीं लड़की के नाबालिग होखे के कारण ओकरा के चाइल्डलाइन के हवाले दिहल जाई। थानाध्यक्ष बताइले कि कोर्ट के आदेश के बाद लड़की के ओकरा घर तक पहुंचा दिहल जाई। वहीं युवक पर कार्रवाई कइल जाई।




Post a Comment

0 Comments